निमिया के दाढी मईया डालेली असनवा की झूमी झूमी न

निमिया के दाढी मईया

निमिया के दाढी मईया

डालेली असनवा की झूमी झूमी न 

मईया झुलेली झुलनवा की झूमी झूमी न 

मईया झुलेली झुलनवा की झूमी झूमी न 

 

निमिया के दाढी मईया

निमिया के दाढी मईया

डालेली असनवा की झूमी झूमी न 

मईया झुलेली झुलनवा की झूमी झूमी न 

मईया झुलेली झुलनवा की झूमी झूमी न 

 

सातों रे बहिनिया के भैरो हवे भईया 

आदिशक्ति देवी के अनेक बाटे नईया 

सातों रे बहिनिया के भैरो हवे भईया 

आदिशक्ति देवी के अनेक बाटे नईया 

जेकरा सहारा नाइखे 

जेकरा सहारा नईखे राखेली असनवा 

की झूमी झूमी न

मईया देली वरदनवा की झूमी झूमी न

मईया देली वरदनवा की झूमी झूमी न

 

कामरो कामाख्या, कलकत्ता वाली काली 

मईहर में शारदा, विंध्याचल विंध्यवाली 

कामरो कामाख्या, कलकत्ता वाली काली 

मईहर में शारदा, विंध्याचल विंध्यवाली 

कश्मीर में वैष्णो देवी

कश्मीर में वैष्णो देवी जानेला जहनवा 

 की झूमी झूमी न

भक्त करे दर्शनवा की झूमी झूमी न

भक्त करे दर्शनवा की झूमी झूमी न

 

आरा ऐरनदेवी (आरण्यदेवी) , बिहिया में महतिन दाई 

शीतला बनारस बाड़ी अन्नपूर्णा माई 

आरा ऐरनदेवी (आरण्यदेवी) , बिहिया में महतिन दाई 

शीतला बनारस बाड़ी अन्नपूर्णा माई 

बड़ा भीड़ होला ओहिजा 

बड़ा भीड़ होला धनतेरस के विहनवा की झूमी झूमी न

मईया देली अन्न-धनवा की झूमी झूमी न

मईया देली अन्न-धनवा की झूमी झूमी न

 

रजरप्पा छिन्नमस्तिका , काकीमर तारारानी 

बाड़ी उजियार धातु मंगला भवानी 

रजरप्पा छिन्नमस्तिका , काकीमर तारारानी 

बाड़ी उजियार धातु मंगला भवानी 

गहमर सकरागढ़ में कामाख्या अस्थनावा 

की झूमी झूमी न

करे सब जन पुजनवा की झूमी झूमी न

करे सब जन पुजनवा की झूमी झूमी न

 

भलुनी भवानी, पटदेवी थावे वाली 

बाड़ी गुरुवयूर डुमरेजनी अउरी काली 

भलुनी भवानी, पटदेवी थावे वाली 

बाड़ी गुरुवयूर डुमरेजनी अउरी काली 

सावन सप्तमी के चढ़े पुआ पकवनवा 

की झूमी झूमी न

भरत गावेले भजनवा की झूमी झूमी न

भरत गावेले भजनवा की झूमी झूमी न

 

निमिया के दाढी मईया

निमिया के दाढी मईया

डालेली असनवा की झूमी झूमी न 

मईया झुलेली झुलनवा की झूमी झूमी न 

मईया झुलेली झुलनवा की झूमी झूमी न 

Leave a Comment